लागेलु हुनरी मुनरी, 
सुनरी सजनिया हो…

ए..लागेलु हुनरी मुनरी, 
सुनरी सजनिया हो..

मीठ रस सांवरिया जइसे, 
शरबत के पनिया हो…
मीठ रस सांवरिया जइसे, 
शरबत के पनिया हो…
मीठ रस सांवरिया जइसे…

मारेला नयन छने छन बान हन के,
पाके धन धन भइल मन हमार धन के..

मारेला नयन छने छन बान हन के,
पाके धन धन भइल मन हमार धन के..

रंगरसिया पिया मनबसिया पिया,
तोहके पाके जियरवा जुराईल,
सांझ होखे आ भोर रहे न मन मोर,
छित चोर तोहरे में अझुराइल…

नखरा पसरले बाटे, 
नाक के नथुनिया हो,
नखरा पसरले बाटे, 
नाक के नथुनिया हो…

मीठ रस सांवरिया जइसे, 
शरबत के पनिया हो…
मीठ रस सांवरिया जइसे, 
शरबत के पनिया हो…
मीठ रस सांवरिया जइसे…

छाव छितरा के मुस्कालू जब जान हो,
छायें देना लाग जाला निकले परान हो…

छाव छितरा के मुस्कालू जब जान हो,
छायें देना लाग जाला निकले परान हो…

पगला गइनी हो बउरा गईनी हो,
जब देख ल तू हमरा के हस के,
कईल जादू पिया मन बेकाबू पिया,
हमरा दिलवा में राजा जी हो बस के….

आ…दुधवा के धोवल देहिया,
कमर कमनिया हो,
दुधवा के धोवल देहिया,
कमर कमनिया हो…

.मीठ रस सांवरिया जइसे, 
शरबत के पनिया हो…
मीठ रस सांवरिया जइसे, 
शरबत के पनिया हो…
मीठ रस सांवरिया जइसे

95 total views, 1 views today

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *